गणपति के भक्त हई रिंकू घोष

Rinku-Ganapatiभोजपुरी, हिन्दी सिनेमा आ छोटको परदा के चर्चित नायिका रिंकू घोष भगवान गणपति के भक्त हई. रिंकू घोष एह घरी कलर्स के शो ‘मिसेज पम्मी प्यारेलाल’ में लोग के दिल जीतत बाड़ी. उनकर कहना बा कि आजु एहिजा ले चहुँपावे का पीछे भगवान गणेश के आर्शीवादे खास बा.

पिछला दिने ‘मिसेज पम्मी प्यारेलाल’ के शूटिंग के व्यस्तता का बावजूद ऊ अभिनेत्री राखी सावंत के घरे जा के भगवान गणपति के दर्शन पूजा कइली. ऊ रवि किशन का घरहू गइली आ ओहिजो गणपति के पूजा कइली.

सुखकर्ता दुखहर्ता भगवान गणेश के भक्त रिंकू बचपने से भगवान गणपति के आपन आराध्य देव मानेली. आ उनुका पूरा उम्मीद बा कि भगवान गणपति का कृपा से ऊ आपन मंजिल जरूर पइहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।