गबन का आरोप में छपरा से दू गो कर्माचारी गिरफ्तार

सर्व शिक्षा अभियान में सवा सौ करोड़ रुपिया के गबन का मामिला में छपरा भगवान बाजार इलाका के एगो डेरा से जिला शिक्षा कार्यालय के दू गो कर्मचारियन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. एह लोग क नाम हरेन्द्र सिंह आ अशोक कुमार सिंह बतावल जात बा. पाँच लोग का खिलाफ मामिला दर्ज बा जवना में से दू जने पहिले से जेल में बाड़न. एगो आरोपी अबहियों फरार बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..