गया से आर्मी सेंटर हटिये गइल

लोग के लगातार विरोध का बावजूद सेना के सेवा शाखा आपन कार्यालय गया से हटा लिहलसि. काल्हु सेंटर पर विधिवत झण्डा उतार के सरिया लिहल गइल ताकि ओकरा के बैंगलुरु के नयका केन्द्र पर भेजल जा सके. आर्मी सर्विस कोर्प्स के गया केन्द्र पिछला छत्तीस साल से रहुवे आ गया के विकास में ओकर बड़हन योगदान रहल बा. बिहार के लाख विरोध का बावजूद केन्द्र सरकार एह शाखा के हटावे के निर्नय ना बदलसि आ काल्हु ई शाखा आखिरकार हमेशा हमेशा खातिर बन्द होइये गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।