गरदा उड़ा देब खातिर आइटम डांस के शूटिंग करवली संभावना सेठ

रंग दर्शनी बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ” गर्दा उड़ा देब” के शूटिंग के आखिरी शेडयुल प्रसिद्ध आइटम गर्ल संभावना सेठ के उपर फिल्मावल गीत से पूरा कइल गइल.

निर्माता सुखजीत सिंह “धामी” कहलन कि एह फिल्म के बेहतरीन बनावे के सफल कोशिश भइल बा आ संभावना सेठ के डांस कमाल के बा. दर्शकन के संभावना सेठ के ठुमका बहुते नीक लागी. कहलन कि एह बढ़िया आ स्वस्थ मनोरंजन देबे वाली फिलिम के दर्शकन के प्यार दुलार भरपूर मिली.

फिल्म के सह निर्माता हउवें – आर० के० श्रीवास्तव, सुनील श्रीवास्तव आ पियूष नवानी. निर्देशक हउवन रजनीश झांजी. झांजी कहलन कि एहमें हीरो शशिमोहन सिंह उम्दा अभिनय कइले बाड़न जवन काबिले तारीफ बावे.


(अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।