भोजपुरी के सबले हॉट अदाकारा भइली रिंकू घोष
-

भोजपुरी सिनेमा के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष पिछला दिने फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ में एगो बहुते बोल्ड भूमिका का कर दिहली कि अभ सभे निर्माता उनुका के वइसने बोल्ड भूमिका दिहल चाहत बाड़े. रिंकू घोष के रातो रात भोजपुरी के सबसे हॉट अदाकारा के जइसे कि खिताब मिल गइल बा. रिंकू घोष के अइसने एगो बोल्ड भूमिका देखे के मिले वाला बा फिलिम ‘कोठा’ में.

बतावल जात बा कि एह फिल्म के लेखक सुरेन्द्र मिश्रा ‘कोठा’ में रिंकू घोष के किरदार बहुते बोल्ड लिखले बाड़े. अपना भूमिका से रिंकू के हौसला बढ़ गइल बा. वइसे अइसन नइखे कि रिंकू के खाली बोल्डे भूमिका खातिर जानल जाला, ऊ सबले बेसी जानल जाली चुनौती वाला भुमिका करे खातिर. उनुका लाजवाब अदाकारी के पूरा सिनेमा उद्योग बड़ाई करेला. अपना फिलिम ‘बिदाई’ अउर ‘बलिदान’ से उनुका ढेरहन पुरस्कारो मिलल बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..