गरदा उड़ा देब के मुहुर्त करावल गइल

हालही में भोजपुरी फिल्म “गरदा उड़ा देब” के संगीत मुहुर्त मुंबई के एमफोरयू स्टूडियो में आयटम डांसर संभावना सेठ पर फि्लमावल गइल आ कल्पना का आवाज में फिल्म के एगो गाना रिकार्ड करावल गइल. छत्तीसगढ़, झारखण्ड आ बिहार के सरजमीं पर बने जा रहल एह फिल्म के एक्शन पैक्ड लव स्टोरी के नायक बाड़े छत्तीसगढ़ी सिनेमा के सुपर स्टार शशि मोहन. निर्माता हउवें सुखजीत सिंह धामी आ सह निर्माता आर के श्रीवास्तव, सुनील श्रीवास्तव आ पियुए नवानी. निर्देशक रहीहें रजनीश झा जे फिल्म के कहानी आ पटकथा के लेखको बाड़े. संगीत सुनील सोनी के, गीत राजेश मिश्रा, संतोष झा आ केडी सिंह के, फाइट मास्टरी शैलेन्द्र के, आ नृत्य निर्देशन तरुण निषाद के बा. कैमरा संचालन दीपक भावंकर करीहें, कला कलिंग के रही.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में शशि मोहन, बबली, रीतु पाण्डेय, बालेश्वर सिंह, प्रदीप कौशिक, बाली कुरे, संतोष श्रीवास्तव, हेमलाल, पुरन गिरी, पुष्पेन्द्र सिंह, मीनी झा, लक्षित हर्षुल आ संभावना सेठ शामिल बाड़ी.


(स्रोत : दिनेश चन्दर)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।