गरदा उड़ा देब के शूटिंग के समापन

छत्तीसगढ़, बिहार आ झारखंड के समसामयिक घटनाक्रम पर बनल फिल्म ‘‘गरदा उड़ा देब’’ के 55 दिन के शूटिंग के समापन पिछला दिने छत्तीसगढ़ के अनेके खूबसूरत लोकेशन पर शूटिंग का बाद हो गइल बा. एह फिल्म के भोजपुरी आ छत्तीसगढ़ी भाषा में “गदर मताही” के नाम से बनावल जात बा.

छत्तीसगढ़ के मशहूर अभिनेता शशिमोहन सिंह, जे ‘एडीशनल एस. पी’ रहले एह फिल्म का जरिये भोजपुरी सिनेमा में आवत बाड़े. निर्माता सुखजीत सिंह धामी, सह निर्माता आर. के. श्रीवास्तव, सुनील श्रीवास्तव अउर पीयुष नवानी, कथा-पटकथा लेखक आ निर्देशक रजनीश झांजी, संगीत सुनील सोनी, गीत राजेश मिश्रा, संतोष झाँजी आ के. डी. सिंह के आ पार्श्व-संगीत-छोटे बाबा के. नृत्य तरूण निषाद, कैमरा दीपक बावनकर, कला निर्देशन कलिंगा आ मारधाड़ शैलेन्द्र मास्टर के. मुख्य कलाकार – शशिमोहन सिंह, बबली, रीतू पाण्डेय, प्रदीप कौशिक, बाली कुर्रे, पूरन कोरी, पुष्पेन्द्र सिंह, मिनी झाँजी, लक्षित हर्सुल, हेमलाल अउर बालेश्वर सिंह. आईटम नृत्य संभावना सेठ के बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..