गरमा गरम केक बन गइल बाड़े राजीव दिनकर


अबही ले राजीव दिनकर का खाता में दुइये गो भोजपुरी फिल्म बाड़ी सँ, “लाट साहब” आ “बलिदान”. बाकिर एह दुनु फिल्म के मिलल सफलता से राजीव दिनकर रातेरात गरमागरम केक बन गइल बाड़े भोजपुरी फिल्म निर्माता आ निर्देशकन खातिर. “बलिदान” फिल्म में रविकिशन आ जैकी श्राफ जइसन स्टारन का मौजूदगी में दर्शकन के ताली बटोर ले जाये वाला राजीव दिनकर अपना फिल्मी जीवन के शुरुआत नृत्य निर्देशन से कइले रहले बाकिर बाद में अभिनय का मैदान में आपन जलवा देखावे आ गइलन आ एह में सफलो साबित हो गइले. राजीव दिनकर फेर रविकिशन का साथ नजर आवे जा रहल बाड़न “प्राण जाये पर वचन ना जाये” फिल्म में जवना के निर्माण महिपाल दास गुप्ता आ निर्देशन के॰डी॰ कइले बाड़े. ओकरा बाद राजीव के अगिला फिल्म आई “दीवाना दिल धड़केला” आ “सुगना” जल्दिये फ्लोर पर जाये वाली बा. एह बेहतरीन अभिनेता का लगे लाजवाब एक्शन कला, कामेडी के लाजवाब पंच, इमोशनल सीन में दर्शकन के रोवा देबे के कला, आ नाच में बड़का बड़कन के अपना इशारा पर नचावे के कौशल. स्वाभाविक बा कि आज राजीव दिनकर हर निर्माता निर्देशक के दिल जीत रहल बाड़न.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *