द ग्रेट हीरो हीरालाल पंकज केसरी दर्शकन पर जादू कर दिहले बाड़न
-


भोजपुरी सुपर स्टार पंकज केसरी के एह साल रिलीज भइल पहिलका फिल्म “द ग्रेट हीरो हीरालाल” जवना तरह से बिहार में अपना सफलता के डंका बजवले बा तवन बेमिसाल बा. बिहार के पैंतीस सिनेमा घर में रिलीज ई फिल्म हर जगहा आपन सफलता के परचम फहरा दिहले बा. हमेशा से दर्शकन के चहेता स्टार रहल पंकज केसरी एक बेर फेरु दर्शकन के दिल जीते में कामयाब रहल बाड़े. एह फिल्म में उनुकर नायिका बाड़ी मोनालिसा. भोजपुरिया सिनेमा के परदा पर लमहर पारी के घोड़ा पंकज केसरी के कई गो अउरी फिल्म आ रहल बाड़ी सँ. “मोरा बलमा छैल छबीला” में पंकज केसरी रानी चटर्जी का साथ त “नथुनिया पे गोली मारे” में गुंजन पंत का साथ आ रहल बाड़े. ओकरा बाद “जुदाई, त्रिनेत्र, रिक्शावाला आई लव यू, जीजा जी के जय हो, साँवरिया लागी तोहसे लगन” वगैरह फिल्मन के कतार लागल बा. आजुकाल्हु पंकज केसरी अपना फिल्म “जुदाई” के प्रोमोंशन में लागल बाड़न जवना के निर्देशक हउवें विवेक कुमार राव.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts