गरमी में गरम डाँस कइली मल्लयुद्ध खातिर सीमा


भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन आयटम डाँसर सीमा सिहं फिल्म “मल्लयुद्ध” खातिर भयंकर गरमी में एगो अइसन गरम डाँस शूट करवली कि सभकर पसीना छूट जाई. बेहतरीन हॉट स्टेप देबे वाली सीमा सिंह के शूटिंग में कवनो परेशानी ना होखे एकरा खातिर निर्माता सुनील चौहान खास इंतजाम करवले रहन. हालही में सीमा सिंह कई गो फिल्म के शूटिंग में शामिल भइली जवना में मल्लयुद्ध, है कोई माई के लाल, गजब होई गवा, ससुरो कबो दामादा रहल, आ सईंया ड्राइवर बीबी खलासी शामिल बाड़ी स. ससुरो कबो दामाद रहल में सीमा सिंह शक्ति कपूर का साथ एगो मजगर किरदारो निभवले बाड़ी.

“मल्लयुद्ध” के निर्देशक हउवें चाँद मेहता. भोजपुरी परंपरा आ दबंगई पर बनल एह फिल्म में सुपर स्टार रविकिशन, रानी चटर्जी, आ शुभम तिवारी के खास किरदार बा. कहानी राजेश चौहान के, गीत एस कुमार, सोनी यादव आ जॉनी के, संगीत राज सेन आ पंडित ज्वाला प्रसाद के, कैमरा संचालन अशोक चक्रवर्ती के, आ एक्शन निर्देशन रियाज सुल्तान के बा. नृत्य निर्देशन दिलीप मिस्त्री आ रामदेवन के बा. बाकी कलाकारन में कोमल ढिल्लन, कुणाल सिंह, सुनीता शर्मा, गिरीश शर्मा, सोनि यादव, बृजेश त्रिपाठी, कौशल कुमार शर्मा, रमेश गोयल, संध्या, अभय यादव, जय प्रकाश, सुमन, शंकर सिंह, आ किरण के नाम बा. फिल्म में सीमा सिंह के डाँस का अलावे प्रोमिला आ निशा सिंह के डाँसो दर्शकन के नचाई.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment