गरियवला आ झनकला से कवनो फायदा नइखे

भोजपुरी के सबले बड़हन नेटवर्क जय भोजपुरिया डॉट कॉम आ भोजपुरिया डॉट कॉम भोजपुरी गायिका कल्पना पर आरोप लगवले बा कि ऊ ओह लोग के गारी दिहले रही. कवनो आदमी के एह आचरण के कवनो तरह से जायज ना ठहरावल जा सके आ जब आरोपी कल्पना जइसन बड़ गायिका होखसु तब त अउरो ना.

अँजोरियो पर कुछ बदजात लोग आपन संस्कार देखा जाला. एही चलते कुछ दिन पहिले हम जरुरी कर दिहले रहीं कि जबले रउरा लॉगिन ना करब तब ले कवनो टिप्पणी ना लिख पायब. बाकिर एकाध गो बदतमीज आदमी का चलते जायजो पाठक के परेशानी ना देखल गइल त बाद में बन्धन हटा लिहनी.

कुछेक बेर पहिलहू कह चुकल बानी आजु फेर दोहरावे के जरुरत आ गइल बा कि कवनो वेबसाइट भा नेटवर्क ओकरा संचालक के मंच आ मीडिया हऽ. ई ओकरा पर निर्भर करत बा कि ऊ का प्रकाशित होखे दी का ना. एहमें राउर कवनो कहना नइखे चले वाला. मंजूर बा त रहीं ना त जाये खातिर स्वतंत्र बानी. बाकिर गरियवला आ झनकला से कवनो फायदा नइखे. ओकरा से बस राउर सुभाव के पता चली. आ गारी केहू देव ओकर भर्त्सना होखे के चाहीं, हमहू करब.

एह मौका पर इहो बतावत चलीं कि अँजोरिया भोजपुरी में काम करे वाला हर आदमी, संस्था, संगठन के प्रोत्साहित करेले, करत आइल बिया, करत रही. बस एकरा के अपना पब्लिसिटी खातिर इस्तेमाल करीं दोसरा के गरियावे खातिर ना. हँ मुद्दा के विरोध अलग बाति बा. अँजोरिया के कोशिश रहेला कि उहो भाव सामने आवे दिहल जाव जवना से हम सहमत नइखीं. एह चलते कई बेर दुनु पक्ष के बाति सामने आवे दिहल जाला. हँ, अगर कबो लागल कि कवनो बाति में दू गो पक्ष का बीच के असहमति अतना बड़ बा कि असहमति पर कवनो सहमति ना हो पाई त ओह हालत में अँजोरिया चुप लगा जाले, चुप लगा जाई.

– संपादक, अँजोरिया

1 Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।