गरीब बच्चन खातिर मुफ्त शिक्षा नियमावली

बिहार सरकार साफ कइले बिया कि शिक्षा के अधिकार का तहत निजी स्कूल के एक चौथाई सीट गरीब बच्चन खातिर रही जवना के फीस, किताब आ पोशाक के खरचा सरकार दी. एह सीट पर प्रवेश में अनुसूचित जाति, जनजाति, पिछड़ी जाति आ अल्पसंख्यक वर्ग खातिर आमदनी के कवनो सीमा नइखे. करोड़पतियो के बच्चा एह सीट पर निशुल्क प्रवेश पा सकेला. हँ सामान्य वर्ग खातिर आमदनी के सीमा बा. दू लाख रुपिया सालाना से बेसी कमाये वाला आदमी के बच्चा एह सीट पर प्रवेश ना पा सकी. सरकार के एह फैसला से निजीओ स्कूल के कवनो आपत्ति ना होखी शायद. काहे कि तब ऊ अमीर परिवार के बच्चन के प्रवेश ले के अपना स्कूल के माहौल अमीर वाला बनवले राख सकेले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *