गहना दुकान में लूट के कोशिश

बक्सर के मुसाफिरगंज में गहना के एगो दुकान में लूट के कोशिश हल्ला भइला का बाद फेल हो गइल. बतावत जात बा कि दिन दुपहरिया में दू गो युवक अइलें आ अंगुठी बेचे खातिर मोलभाव करे लगले. दुकानदार अंगूठी के दाम बाद में देबे के कहलसि त ऊ दुनु मोबाइल से अपना अउरी साथियन के बोला लिहलन स. फेर दुकान बंद कर के तिजोरी खोले के कोशिश करे लगले सँ. दुकानदार एह पर विरोध कइलें त उनका पर गोली चला दिहलें सँ. संजोग से गोली लागल ना त रिवाल्वर का बट से मार के उनकर माथ फोड़ दिहलें सँ. एह बीच गोली के आवाज सुन के लोग जुटे लागल त छहो जने भाग निकलले बाकिर आपाधापी में ओकनी के एगो मोटरसाइकिल ओहिजे छूट गइल.

पुलिस एह मामिला के जाँच करत बिया.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।