गाँवे के लड़िकी भगा के राखे वाला नवही गिरफ्तार

कैमूर जिला के करमचट का बरांव गांव के एगो लड़िकी के ओही गाँव के हरिओम पासवान भगा ले गइल रहुवे. लड़िकी के गुमशुदगी के शिकायत लड़िकि के बाप थाना में लिखवा दिहले रहल. बाद में पता चलल कि दुनु कहाँ बाड़े त पुलिस थानाध्यक्ष सुनील पाणंडेय के नेतृत्व में छापा मार के दुनु के पकड़ ले आइल. लड़िकी के मेडिकल करावे खातिर अस्पताल आ लड़िका के जेल भेज दिहल गइल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।