‘गाँव की गोरी’ स्मृति सिन्हा

SmritiSinhaसिनेमा भोजपुरी के चर्चित नायिका स्मृति सिन्हा अपना अगिला फिलिम ‘लाडली’ में गाँव के भोली भाली गोरी के भूमिका में बाड़ी. एह फिलिम में स्मृति एकदम से गँवई रहन-सहन में आ पारंपरिक भारतीय परिधान में नजर अइहें. एह फिलिम में स्मृति के नायक बाड़ें गायक-अभिनेता सुनिल छैला बिहारी.

स्मृति आजुकाल्हु राजपीपला में निर्माता अनिल कुशवाहा के एगो अबहीं ले बिना नाम के फिलिम के शुटिंग करत बाड़ी आ स्मृति के ‘दुध का कर्ज’, ‘प्यार झुकता नहीं’, ’प्रतिज्ञा-2’, आ ‘प्रेम दीवानी’ रिलीज होखे वाला बाड़ी सँ.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..