गाजीपुर अस्पताल परिसर से तीन गो एम्बुलेन्स जब्त

निजी एम्बुलेन्स चालकन के मनमानी के शिकायत मिलला पर जिलाधिकारी प्रभु एन सिंह सोमार के दुपहरिया जिला अस्पताल में धावा बोल दिहलें आ नाजायज तरीका से अस्पताल परिसर में खड़ा तीन गो एंबुलेंस के जब्त कर लिहलन. एह वाहनन के उचित कागजात ना मिलला पर जब्त कइल गइल. शिकायत रहुवे कि एह एंबुलेंसन के चालक डाक्टरन से साँठगाँठ कर के मरीजन के बनारस खातिर रेफर करवा लेलें आ फेर मरीज का परिजन से मनमाना किराया वसूले लें. जिलाधिकारी आदेश दिहलें कि एबुलेंस के किराया तय करवा के ओकरा के नोटिस बोर्ड पर लगावल जाव. साथही इहो तय कइल जाव कि निजी एंबुलेंस तय मानक पूरा करत होखसु.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।