गाजीपुर में अतवार के मिलल लाश हत्या वाला होखे के अनेसा!

अतवार का साँझ गाजीपुर के मुहम्मदाबाद का लगे मलिकपुरा नई बस्ती में एगो नवही के लाश फेंकल मिलल. ओकर पहचान अबले साबित नइखे भइल लाश देख के लागल कि ओकर हत्या कुछ दिन पहिले भइल रहे काहें कि ओकरा लाश सड़े लागल रहुवे.

एह बारे में कोतवाली प्रभारी दिलीप सिंह के कहना बा कि पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला का बादे पता चल पाई कि मौत कइसे भइल रहुसे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *