गाजीपुर में तीन गो तस्कर अस्सी लाख के हेरोइन संगे पकड़इले

गाजीपुर जिला के अपराध शाखा आ मरदह थाना पुलिस काल्हु रात नशीला सामान के तस्करी करे वाला गिरोह के तीन गो सदस्यन के गिरफ्तार क के ओकनी का लगे से 800 ग्राम हेरोइन बरामद कइलसि. अन्तर्राष्ट्रीय बाजार मे एकर कीमत करीब 80 लाख रुपिया बतावल जात बा.
पुलिस बतावत बिया कि मरदह इलाका के मटेहु चौराहा का लगे रात चेकिंग के दौरान मोटरसाइकिल पर सवार मनोज राम, सतीश राजभर, आ आशीष गौतम के ध दिहलसि. तलाशी लिहला पर एकनी का लगे से 800 ग्राम हेरोइन बरामद भइल.
एह सिलसिला में पुलिस कानूनी कार्रवाई करत बिया.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।