गाजीपुर में नर्सिंग होम चलावत रहुवे एगो झोलाछाप डाक्टर

गाजीपुर में एगो झोलाछाप डाक्टर फर्जी नर्सिंग होम चलावत पकड़ाइल बा. ओकरा लगे कवनो मेडिकल डिग्री ना होखे के बावजूद ऊ आपरेशनो करत रहुवे. बतावल जात बा कि ऊ मात्र इंटर पास ह आ ओकरा लगे कवनो मेडिकल डिग्री नइखे,
गाजीपुर में झोलाछाप डाक्टरन का बारे में मरीजन के शोषण करे आ मरीजन के मरे के खबर से परेशान जिलाधिकारी का आदेश पर मंगल का दिने एह नर्सिंग होम पर स्वास्थ्य विभाग के अधिकारी छापा मरले.
पाँच साल से शुभम क्लीनिक का नाम से नर्सिंग होम चलावत इण्टर पास “डाक्टर” राजेश मौके पर मिल गइल. छापा का समय आपरेशन भइल तीन गो मरीजो भरती मिलले.
राजेश पर मुकदमा दर्ज कर लिहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।