गाजीपुर में नर्सिंग होम चलावत रहुवे एगो झोलाछाप डाक्टर

गाजीपुर में एगो झोलाछाप डाक्टर फर्जी नर्सिंग होम चलावत पकड़ाइल बा. ओकरा लगे कवनो मेडिकल डिग्री ना होखे के बावजूद ऊ आपरेशनो करत रहुवे. बतावल जात बा कि ऊ मात्र इंटर पास ह आ ओकरा लगे कवनो मेडिकल डिग्री नइखे,
गाजीपुर में झोलाछाप डाक्टरन का बारे में मरीजन के शोषण करे आ मरीजन के मरे के खबर से परेशान जिलाधिकारी का आदेश पर मंगल का दिने एह नर्सिंग होम पर स्वास्थ्य विभाग के अधिकारी छापा मरले.
पाँच साल से शुभम क्लीनिक का नाम से नर्सिंग होम चलावत इण्टर पास “डाक्टर” राजेश मौके पर मिल गइल. छापा का समय आपरेशन भइल तीन गो मरीजो भरती मिलले.
राजेश पर मुकदमा दर्ज कर लिहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *