गाजीपुर में नवहिन के हत्या

(प्रतीक फोटो)

गाजीपुर, 17 मार्च (वार्ता) गाजीपुर के बहरियाबाद इलाका में एगो नवहिन के लाश गाँव का बाहर खेत में फेंकल मिलल बा.

पुलिस से पता चलत बा कि बघांव गांव के दीपचंद के 21 बरीस के बेटी चंदना काल्हु सबेरे दस बजे दिशा मैदान ला बाहर निकलल रहुवे. ओकरा बाद ओकर कवनो पता ना चलल. घर के लोग ओकरा के खोजत रहुवे.

आजु सबेरे ओकर लाश गांव का बाहर एगो खेत में फेंकाइल मिलल. लाश के गरदन आ पेट पर धारदार हथियार से चोट के निशान बा. दलित नवहिन के हत्या के खबर पा के पुलिसा महकमा में हड़कंप मच गइल. सीओ सैदपुर, मुन्नी लाल गौड़ मौका पर पहुंचले. उनुकर कहना बा कि ई हत्या के मामिला बा. कुकर्म भइल बा कि ना से रिपोर्ट अइला का बादे कहल जा सकी.

घर वाले कुछ बतावत नइखन. ओकर अबहीं बिआह ना भइल रहुवे.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।