गाजीपुर में मिनी बन्दरगाह बनावल जाई

वाराणसी से कोलकाता ले गंगा नदी का राहे जल परिवहन सुचारू चलवावे ला गाजीपुर में मिनी बन्दरगाह बनवावे के फैसला भइल बा। ई बन्दरगाह गाजीपुर के अफीम कारखाना का बगल में बनावल जाई। एह बाति के ऐलान करत केंद्रीय मंत्री मनोज सिन्हा बतवलन कि सगरी पूर्वांचल में विकास योजना चलावत बिया केंद्र सरकार। रेलवे त पूरा जोर शोर से लागल बिया एह इलाका का विकास में।
वाराणसी से औड़िहार ले रेललाइन डबल करे के काम पूरा भइला का बाद अब औड़िहार से गाजीपुर का बीच काम लागल बा। गाजीपुर से बलिया का बीच एह काम ला टेंडर मंगावल गइल बा।

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।