गाजीपुर में लाठी चार्ज से अनेके विद्यार्थी घवाहिल, उनसठ गिरफ्तार

गाजीपुर मे विश्वविद्यालय बनवावे के माँग ले के अनशन पर बइठल छात्रनेता लोग के काल्हु रात जबतिया हटा दिहला का खिलाफ आजु गाजीपुर में छात्रन के उग्र प्रदर्शन भइल जवना पर पुलिस लाठीचार्ज कर दिहलसि. एह लाठी चार्ज से कई जने घवाहिल हो गइले. पुलिस एह सिलसिला मे 59 गो छात्रन के गिरफतार क लिहलसि.
बतावल जात बा कि गाजीपुर में राज्य वित्त पोषित विश्वविद्यालय बनवावे के मांग लेके पिछला पांच दिन से आमरण अनशन पर बइठल छात्र नेता लोग के हालत जब बिगड़े लागल त प्रशासन ओह लोग के जबरिया उठा के अस्पताल भेज दिहलसि. एही बारे में जिलाधिकारी से पूछे कि जब अनशन शांति से चलत रहुवे त ओह लोग के हटवला के का जरूरत रहुवे विद्यार्थी जुटल रहले. जिला प्रशासन के ई काम हिमाकत लागल आ विद्यार्थियन पर लाठी चार्ज कर दीहल गइल. घवाहिल विद्यार्थीयन में से कुछ के हालत खराब बतावल जात बा.
छात्र नेता लोग के कहना बा कि यू.जी.सी के मानक बा कि 100 महाविद्यालय पर यूनिवर्सिटी होखे के चाहीं. गाजीपुर जिला मे 139 गो महाविद्यालय होखला का बादो यूनिवर्सिटी नइखे स्थापित कइल जात. जिला में विश्वविद्यालय ना होखला का चलते विद्यार्थियन के परेशानी उठावे पड़ेला.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।