गाजीपुर में होखे वाला सेना बहाली के पंजीयन 7 नवंबर से शुरु

अगिला साल 6 जनवरी का दिन से छह गो पूरबी जिलन के नवही सेना बहाली खातिर गाजीपुर में होखे वाला बहाली रैली में शामिल हो सकीहें. एह खातिर पंजीयन शनिचर 7 तारीख से शुरु होखे जा रहल बा आ लोग आनलाइन पंजीयन करा लेव. बहाली रैली 6 जनवरी से शुरु हो के 17 जनवरी ले चली आ एह बहाली रैली में गाजीपुर, बलिया, मऊ, आजमगढ़, गोरखपुर आ देवरिया के नवही एह बहाली रैली में अलगा अलगा दिने जिलावार हिस्सा लीहें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।