गाजीपुर मेडिकल कॉलेज के शिलान्यास जल्दिए होखी : मनोज सिन्हा


गाजीपुर 31 मार्च (वार्ता). देश के संचार अउर रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा कहलन कि गाजीपुर मेडिकल कॉलेज ला मंजूरी मिल चुकल बा, जमीन लिया गइल बा आ अब एकर शिलान्यासो जल्दिए होखे वाला बा.
भाजपा का ओर से सैदपुर विधानसभा क्षेत्र के सादात मंडल दक्षिणी के गांव उचौरी प्राथमिक विद्यालय परिसर में आयोजित जनसंवाद में मनोज सिन्हा एह बात के जानकारी देत कहलन कि एकरा के अढ़ाई बरीस में बनाइओ लीहल जाई. गाजीपुर के हवाई मार्ग से जोड़े के कामो जल्दिए शुरु कइल जाई. गाजीपुर के लोगन से कहलन कि गाजीपुर के विकास ला बड़हन सोच राखसु आ नाली-खड़ंजा से ऊपर उठसु आ बतावसि कि का कइल जाव कि विकास का मामिला में गाजीपुर राष्ट्रीय फलक पर स्थापित होखो.
इहो कहलन कि वाराणसी-बलिया रेल खंड के विद्युतीकरण कइल जा चुकल बा आ जल्दिए एह लाइन पर इलेक्ट्रिक इंजन वाली ट्रेन दइड़े लगीहें स. फूलपुर आ गोरखपुर उपचुनाव परिणाम का बारे में कहलन कि भाजपा कार्यकर्तन के अतिउत्साह आ अति आत्मविश्वास का चलते हार भइल.
एह कार्यक्रम में भाजपा के प्रदेश मंत्री रामतेज पांडेय आपन संबोधन दिहलें. एकरा बाद मनोज सिन्हा कैंद्रीय मंत्री रहल आ अबहीं भाजपा सांसद कलराज मिश्र से मिले उनुका घरे मलिकपुर गइलन आ ओहिजा करीब आधा घंटा ले रुकलें. कलराज मिश्र अपना परिवार का तरफ से आयोजित रामायण पाठ कार्यक्रम में शामिल होखे आइल बाड़ें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।