गाड़ी चोर गिरोह के नौ गो सदस्य पकड़इले

यूपी में बइठल कार चोर गिरोह के सरगना छोटू तिवारी के गुर्गा बिहार, दिल्ली, बंगाल से महँग गाड़ियन के चोरी कर के बेचत रहेले सँ. पटना पुलिस एह गिरोह के नौ गो गुर्गन के पटना में गिरफ्तार कर लिहले बिया. एकनी से पूछताछ में बहुते अपराध के सुराग मिलल बा पुलिस कें. पकड़ाइल चोरन में बेतिया के एगो स्कूल मास्टरो शामिल बावे. अब पटना पुलिस यूपी पुलिस के सहयोग ले के छोटू तिवारी के पकड़े के योना बनावत बिया. एह गिरोह के बिहार में मुखिया बावे मो. सत्तार अली.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।