गीतकार गुलजारो के लागत बा कि पुरस्कार लवटावे में तनिका राजनीति होखत बा.

पटना में एगो आयोजन में शामिल होखे आइल मशहूर गीतकार गुलजार कहलन कि लिखनिहारन के मिलल साहित्य अकादमी पुरस्कार लवटावे में तनिका राजनीति होखत बा. कहलन कि पहिले त ई जाने के चाहीं कि कसूर केकर बा. का साहित्य अकादमी एकर दोषी बा जे ओकर दीहल सम्मान वापस करत बाड़े लिखनिहार. गुलजार के कहना रहुवे कि नागरिकन के जानमाल के सुरक्षा के जिम्मेदारी सरकार के होले आ साहित्य अकादमी एह मामिला में कुछ ना कर सके. गुलजार के कहना रहल कि लागत बा कि लिखनिहार लोग देखावल चाहत बा कि ओह लोग से अकादमी नइखे सम्हरत.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।