गीतांजली शर्मा के प्यार में पागल मनोज द्विवेदी

ManojDwivedi-Geetanjaliगीतांजली शर्मा के प्यार में पागल हो चुकल मनोज द्विवेदी के कुछ अउर नइखे सूझत आ अपना प्यार ला उ कुछउ करे ला तइयार बाड़न. बात होता उनकर आवे वाली फिलिम ‘लहू पुकारेला’ के.

शौर्य एंटरटेनमेंट के बैनर में बनत एह फिलिम के शूटिंग पूरा हो गइल बा.

फिलिम में मुख्य जोड़ी खेसारी लाल यादव आ अंजना सिंह के बा. मनोज द्विवेदी के जोड़ी गीतांजली शर्मा संगे बनल बा.

निर्माता अखिलेश कुमार सिंह आ निर्देशक मंजुल ठाकुर हउवन. गीतकार हवें राजेश मिश्रा, आज़ाद आ कवि जी नाहिद, संगीतकार अविनाश झा घुंघरू. सवांद लेखक मनोज कुमार कुशवाहा, कैमरामैन-नीतू इक़बाल सिंह, कोरिओग्राफर कानू मुखर्जी, फाइट मास्टर दिलीप यादव, आर्ट डायरेक्टर नजीर शेख.

साथी कलाकारन में अनूप अरोरा, किरण यादव, स्वीटी सिंह, मानु पाण्डेय, संजय पाण्डेय, प्रेम दुबे, आ संजय वर्मा वगैरह बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।