गुंजन पंत के गूंज सभका निमन लागत बा

भोजुपुरी सिनेमा में आजुकाल्हु गुंजन पंत गूंज रहल बाड़ी. जहाँ दोसर नायिका तरसेली कि उनका मनोज तिवारी भा रविकिशन का साथे काम करे के मौका मिले, ओहिजे गुंजन एह दुनु जने का साथ लगातार नायिका बन के आ रहल बाड़ी.

मनोज तिवारी का साथ यादव पान भण्डार में आ रविकिशन का साथे रामपुर का लक्ष्मण में गुंजन नायिका बन के आ रह बाड़ी. यादव पान भण्डार के निर्माण पायल दूबे आ निर्देशन अजय कुमार करत बाड़े त प्रस्तुत करीहें जितेश दूबे. फिल्म के शूटिंग मुंबई में जोर शोर से हो रहल बा.

चन्दन सिंह के निर्माण रामपुर के लक्ष्मण के निर्देशन हैरी फर्नाण्डीज करत बाड़े आ एकरो शूटिंग मुंबई में चल रहल बा. रविकिशन का साथ गुंजन पंत एगो अउरी फिल्म में नजर आवे वाली बाड़ी आ ऊ ह जगदीश शर्मा निर्देशित मार देब गोली केहू ना बोली. गुंजन आजुकाल्हु एह फिल्म का प्रोमोशन में व्यस्त बाड़ी आ जगदीश शर्मा उनकर उत्सह आ मेहनत देख के दंग बाड़े.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

1 Comment

  1. krishna

    reeal movies

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..