गुंजन पंत के धमक अब छोटको पर्दा पर


भोजपुरी सिनेमा के मशहूर अदाकारा गुंजन पंत के धमक अब छोटको परदा पर सुनाये लागल बा. एह साल उनुकर फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” के मिलल शानदार सफलता का बाद गुंजन का लगे बधाईं के ताँता लागल बा. अब गुंजन पंत के चर्चित धारावाहिक “साक्षी” में एगो महत्वपूर्ण भूमिका मिलल बा. लड़की पढ़ल चाहत बिया बाकिर ओकरा घर के लोग ओकरा के पढ़ावे के नइखे चाहत. ओह लोग का हिसाब से लड़कियन के ढेर पढ़ला से कवनो फायदा नइखे. फिल्मन में व्यस्तता का बावजूद गुंजन एह धारावाहिक के चुनौती वाली भूमिका खातिर खुशी खुशी तइयार हो गइल. उनुकर कहना बा कि डेली सोप में आपन अभिनय क्षमता देखावे के ढेर मौका मिली. गुंजन भोजपुरी फिल्म “रामलखन” के शूटिग हालही में पूरा कइली आ उनुकर पाँच गो अउरी फिल्म अबही फ्लोर पर बा. मनोज तिवारी का साथ गुंजन पंत के फिल्म “यादव पान भण्डार”जल्दिये रिलीज होखे वाला बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।