गुंजन पंत सीखत बाड़ी ब्रूस ली का तरह के स्टंट


भोजपुरी सिनेमा के मनमोहनी तारिका गुंजन पंत एगो नया रिकार्ड बंनवले बाड़ी. भोजपुरी के ऊ पहिलका तारिका हई जे ब्रूस ली का तरह स्टंट सीखत बाड़ी. सिखावत बाड़ें चीन के मशहूर स्टंट मास्टर डी वी एम चियान. रोज दू घंटा दे रहल बाड़ी गुंजन पंत एह नया काम के सीखे खातिर. मकसद बा एगो अइसन फिलिम के किरदार करे के जवन तीन गो भाषा में बनावल जा रहल बा आ ओकरा में गुंजन पंत के भूमिका वइसने रही जइसन “चांदनी चौक टू चाइना” फिल्म में दीपिका पादुकोणे के रहल.

एह फिल्म में गुंजन पंत के दोहरी भूमिका बा सीता अउर गीता माफिक. एगो किरदार सीता लेखा सिधवा आ दोसरकी गीता लेखा तेजतर्रार. ओही गीता वाली भूमिका में ई स्टंट सीखल कामे आई. गुंजन पंत एहले बेसी कुछ बतावे के तइयार नइखी. कहली कि जब फिल्म आई त रउरा सभे के सभ मालूमे हो जाये के बा.

गुंजन पंत के रविकिशन का साथे एगो नया भोजपुरी फिल्म ” मार देब गोली केहू ना बोली” जल्दिये आवे जा रहल बा आ मनोज तिवारी का साथे बनत “यादव पान भण्डार” पर अबहीं काम चलत बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।