गुंजन पन्त, अंजना सिंह, मनोज टाईगर, अवधेश मिश्रा, उदय भगत आ रामचन्द्र यादव सम्मानित भइलें

हाल ही में मुंबई में आयोजित ‘आपकी आवाज – प्रेस मीडिया अवार्ड’ में भोजपुरी सिनेमा से जुड़ल अनेके लोगन के ट्राफी देके सम्मानित कइल गइल. एहमें खास कर के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के अवार्ड गुंजन पन्त केम सर्वश्रेषस्ठ नवोदित अदाकारा के अवार्ड अंजना सिंह के, सर्वश्रेठ कामेडियन क अवार्ड मनोज टाईगर के आ सर्वश्रेष्ठ खलनायक अवार्ड अवधेश मिश्रा के दिहल गइल.

वरिष्ठ पत्रकार आ सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल प्रचारक उदय भगत के मिलल बेस्ट प्रचारक के अवार्ड उनुका गैर मौजूदगी में अक्षरा सिंह लिहली. मैजिक टीवी के न्यूज रिपोर्टर रामचन्द्र यादव के बेस्ट न्यूज रिपोर्टर के अवार्ड से सम्मानित कइल गइल.

‘आपकी आवाज- प्रेस मीडिया’ का तरफ से आयोजित एह समारोह में संस्था के संरक्षक अन्जन गोस्वामी, भोजपुरी महानायक कुणाल सिंह, प्रसिद्ध गायक उदित नारायण, अरुण बख्शी, जगदीश शर्मा, राज कुमार पाण्डेय, पुष्पा वर्मा, रिंकू घोष, सीमा सिंह, रिक्की गुप्ता, चिंटू प्रदीप पाण्डेय, अनारा गुप्ता, सुदीप पाण्डेय, के०के० गोस्वामी अउर बिग बॉस फेम पूजा मिश्रा मौजूद रहल लोग.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..