देश में अपना तरह के पहिला प्रयास में गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु बिहार के डेढ़ हजार भाजपा कार्यकर्ता लोगन से मोबाइल फोन से बतियवलन. डेढ़ो हजार लोग के फोन के घंटी एके साथ बाजल आ सभे उनका से होत बातचीत के सुनल. अपना बतकही का दौरान मोदी एह बात पर बहुते जोर दिहलन कि बिहार आ गुजरात के आपसी संबंध जमाना से अइसन रहल बा कि लागेला कि दुनु एक दोसरा ला बनल बाड़े. कहलन कि गुजरात के महात्मा गाँधी बिहार के चंपारण से आपन आन्दोलन शुरू कइलन त बिहार के जेपी गुजरात से नव निर्माण आन्दोलन के बिगुल फूकले. गुजरात के सरदार वल्लभभाई पटेल का चलते बिहार के डा॰ राजेन्द्र प्रसाद राष्ट्रपति बनलन त बिहार के जेपी का चलते गुजरात के मोरारजी भाई देसाई के प्रधानमंत्री बने के मौका मिलल.
अपना बतियावे का दौरान नीतीश के नाम लिहले बिना मोदी कहलन कि जे लोग बिहार के जनता संगे विश्वासघात कइल ओकरा के कबो माफ ना कइल जाई. इहो कहलन कि अबहीं देश में कांग्रेस विरोधी तूफान चलत बा आ एह माहौल में जे कांग्रेसी नाव पर सवार होखी उहो डूब बिला जाई.
कहलन कि हर राज्य के विकास के तौर तरीका अलग होखी काहे कि हर राज्य के मजबूती आ समस्या अलग अलग होला. कवनो जरूरी नइखे कि एक राज्य के सफल योजना दोसरो राज्य में ओतने सफल होखे. एही चलते ऊ हमेशा केन्द्र के तरफ से सगरी राज्यन पर कवनो योजना थोपे के विरोध करत रहेलान.
0 Comments