गुजरात स्थानीय निकाय चुनाव में भाजपा के क्लीन स्वीप

Gujarat BJP does a clean sweep in local bodies elections

In the counting done today, saturday, BJP has done a clean sweep of the results winning more than three fourth seats. Out of 24 district bodies BJP has won 21 while Congress has just two. In the municipalities elections BJP has won 42 out of 53 municipal bodies while Congress has got just 4. With this humiliating defeat Gujarat State Congress President Siddhartha Patel has resigned from his post.

बियफे के भइल स्थानीय निकाय चुनाव के मतगणना आजु शनिचर के शुरु भइल त भाजपा हर जगहा झाड़ू बहार दिहलसि. २४ जिला पंचायतन में से ओकरा २१ गो में जीत मिलल जबकि कांग्रेस बस दू गो जिला पंचायत में काबिज हो पवले बिया. तालुका पंचायतन में से १५७ गो के परिणाम सामने आइल बा त भाजपा ओहमें से १३२ जगहा जीतले बिया आ कांग्रेस २० जगहा. ५३ गो नगरपालिका में से भाजपा ४२ गो जीत लिहले बिया. कांग्रेस के चारे गो पर संतोष करे के पड़ल बा.

कुछ दिन पहिले भइल महानगरपालिको चुनावन में भाजपा कांग्रेस के बहार फेंकले रहुवे. एह हार का बाद गुजरात कांग्रेस के अध्यक्ष सिद्धार्थ पटेल अपना पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न.

0 Comments