गुन्जन पन्त के मजगर अभिनय के जादू चलल बिहार में

GunjanPant-LaxmanRekhaखूबसूरत, चंचल, हसमुख आ साथही गंभीर अभिनेत्री गुंजन पन्त अब बन गइल बाड़ी न्याय के देवी. एह घरी उनुकर फिलिम “लक्ष्मण रेखा” उनुका के बहुते चरचा में ले आ दिहले बा. 3 मई के बिहार में रिलीज भइल एह फिलिम में गुंजन के किरदार एगो अइसन दमदार महिला प्रधान के बा जे न्याय खातिर अपना परिवारो वालन से दूर हो जात बाड़ी. महिला खातिर आरक्षित सीट का चलते ससुराल वाला उनका के चुनाव लड़वावल चाहत बाड़ें बाकिर अनपढ़ घरेलू मेहरारू होखला का चलते मालती देवी (गुंजन पन्त) मना क देत बाड़ी. रोवत बिलखत बाड़ी बाकिर परिवारवालन का दबाव में चुनाव लड़हीं के पड़ट बा.

एकरा बाद शुरू होत बा अत्याचार, अपराध आ असत्य का खिलाफ लड़ाई आ जरे लागल बा ओह अन्हार पंचायत में न्याय के रोशनी. दया, करुणा, प्रेम आ त्याग के आपन हथियार बनाके गुंजन पन्त अपना घर के “लक्ष्मण रेखा” पार कर जात बाड़ी. उनुका सच्चाई का चलते पूरा गाँव उनुका के आपन माने लागत बा बाकिर परिवार खातिर ऊ जियते जियत मर जात बाड़ी.

एह फिलिम में अपना प्रतिभाशाली अभिनय से गुंजन पन्त आपन परचम फहरा दिहले बाड़ी आ देखा दिहले बाड़ी कि ऊ कमजोर नइखी. एह फिलिम से खास कर के औरतन के प्यार पाके ऊ बहुते खुश बाड़ी. गुंजन के सादगी लोग के बहुते पसंद आइल बा आ सहज भाव से ऊ दर्शकन का दिल में बइठ गइल बाड़ी.


(अपना समाचार)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।