गुड़ खाये गुलगुला से परहेज करे

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीशो कुमार ओह जमात में शामिल हो गइल बाड़े जे चाहत बा कि भाजपा काश्मीर में तिरंगा फहरावे के जिद्द छोड़ देव. काहे कि एहसे काश्मीर में तनाव बढ़ जाई. नीतीश कुमार भाजपा का साथे मिल के सरकार चलावत बाड़े बाकिर जब तब ओकरा के उपदेश दिहला से ना चूकस. नीतीश के सपना बा देश के प्रधानमंत्री बने के आ ऊ ओह खातिर पाकिस्तानी झण्डा फहरावे वालन के साथ दिहला में कवनो खराबी नइखन देखत. भाजपो के का कहल जाव जे मायावती, नवीन पटनायक, आ नीतीश कुमार जइसन लोग के साथ दे के ओह लोग के एह लायक बना दिहलसि कि ऊ लोग भाजपा के बरबाद कर सकस.

ओने तिरंगा यात्रा का सिलसिला में जम्मू चहुँपल भाजपा नेता अरुणजेटली, सुषमा स्वराज, आ अनंत कुमार के जबरिया पंजाब वापिस भेज दिहल गइल बा. जम्मू से केहूओ कार भा बस से श्रीनगर ना जा सके. दू दिन एह खातिर खुबे कड़ाई रही. आ देखल जाई कि ओह दिन काश्मीर में पाकिस्तानी झण्दा फहराई आ ओह देशद्रोहियन पर कवनो तरह के रोक ना लगावल जाई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..