गैंग रेप का बाद नाबालिग बच्ची के हत्या


मोतिहारी 15 अप्रैल (वार्ता). पूर्वी चंपारण जिला के सुगौली इलाका के रौशनपुर सपहा गांव में दिशा मैदान ला गइल नाबालिग से गांवे पूर्व मुखिया के बेटा अपना संघतियन साथे रेप क के ओकर गला दबाके मुआ दिहलसि.
पुलिस सूत्र बतवलें कि रौशनपुर सपहां गांव में अपना भउजाई साथे शनिवार राति घर से दिशा मैदान ला निकलल किशोरी का साथ पहिलही से घात लगा के बइठल पूर्व मुखिया के बैटा राजेन्द्र सहनी, भूषण सहनी, भुटेली सहनी, रामहरि सहनी, प्रभु मुखिया, सुरेंद्र सहनी, रमेश सहनी समेत करीब ग्यारह लोग रेप कइलें आ ओकरा बाद ओकर गला दबा के मुआ दिहलें. ओकरा भउजाइओ साथे छेड़छाड़ कइलन स.
घटना के सूचना पर गांव से दउड़ल आवत लोग के देख सगरी बदमाश भाग निकललन स. बतावल जात बा कि किशोरी के परिवार से पूर्व मुखिया के परिवार के बरीसन से जमीन लेके झगड़ा चलत बा. बरीस 2015 में ओह सम. मुखिया रहल कुसुमकली देवी के बेटा राजेन्द्र सहनी जबरिया किशोरी के परिवार के जमीन जोतत रहे तब दुनु फरीक का बीच मारपीट भइल रहुवे आ एही में गोली चलला से मुखिया के ट्रैक्टर चालक वार्ड सदस्य के बेटा मेघु सहनी के मौत हो गइल रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।