‘गॉंव के लाल’ फिलिम के संगीतमय मुहूर्त

GaonKeLal-muhurtजैनव आर्ट मूवी के बैनर में बने जात भोजपुरी फिलिम ‘गॉंव के लाल’ के संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मीरा रोड पर वेद माता फिल्म स्टूडियो में निर्माता एस. ए. सीवानी नारियल फोड़ के कइलन. एह मौका पर गायक सलामत अली का आवाज में एगो गाना रिकार्ड कइल गइल. सामाजिक रितिरिवाजन पर आधारित एह पारिवारिक फिलिम के शूटिंग 28 अगस्त से बिहार के सिवान आ गोपालगंज में कइल जाई. एहमें कुल नौ गो गाना बाड़ी सँ. निर्देशन करत बाड़ें जगदीश सिंह.

मुहुरत का मौका पर फिल्म जगत के अनेके खासमखास लोग मौजूद रहल.

फिलिम के कहानी लिखले बाड़े आदित्य बाबा त गीत विश्वनाथ राजपुरी, सतेन्द्र आ सुभाष यादव(कविजी) के लिखल बाड़ी सँ. संगीत विजयनंदा के, नृत्य अर्जून के आ प्रोडक्शन रविन्द्र नाथ गुप्ता के बा.

मुख्य कलाकारन में अमित शर्मा, नीरज सुधांशू, नेहा तिवारी, जय तिलक, एस ए सीवानी आ उपासना सिंह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *