गोंडा सीएमओ काल्हु ड्यूटी पर लवटि अइलें

चार दिन ले गायब रहल गोंडा के सीएमओ डा॰ एसपी सिंह काल्हु वापस लवटि अइलें आ ड्यूटी ज्वायन कर लिहलें. बतवलें कि उनुका के प्रशासन लखनऊ भिजवा दिहले रहुवे जहवाँ ऊ अपना एगो रिश्तेदार का घरे रहलन. इहो कहलन कि राजस्व राज्य मंत्री बिनोद सिंह उनुका के अधरतिया में जबरदस्ती आफिस ले के अइलन आ अपना आदमियन के बहाल करे के कहलें. एकर शिकायत एडीएम से कइलें त उनुका के लखनऊ भिजवा दिहलन. एसपी सिंह अब अपना परिवार के सुरक्षा ले के चिंता जतवलें.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..