गोंडा सीएमओ काल्हु ड्यूटी पर लवटि अइलें

चार दिन ले गायब रहल गोंडा के सीएमओ डा॰ एसपी सिंह काल्हु वापस लवटि अइलें आ ड्यूटी ज्वायन कर लिहलें. बतवलें कि उनुका के प्रशासन लखनऊ भिजवा दिहले रहुवे जहवाँ ऊ अपना एगो रिश्तेदार का घरे रहलन. इहो कहलन कि राजस्व राज्य मंत्री बिनोद सिंह उनुका के अधरतिया में जबरदस्ती आफिस ले के अइलन आ अपना आदमियन के बहाल करे के कहलें. एकर शिकायत एडीएम से कइलें त उनुका के लखनऊ भिजवा दिहलन. एसपी सिंह अब अपना परिवार के सुरक्षा ले के चिंता जतवलें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।