गोण्डा में बाघ उपटल, छह जने के नोच डललसि


गोण्डा 19 अप्रैल (वार्ता ). गोण्डा जिला के नवाबगंज इलाका हरिहरपुर चांईपुरवा गांव में जंगल से भटकि के आ गइल एगो बाघ छह जने के नोचि के घवाहिल क दिहले बा. बाघ का हमला से इलाका में दहशत के माहौल बनि गइल बा आ ओकरा के पकड़े ला लखनऊ से स्पेशल टीम बोलावल गइल बा.
वन विभाग के सूत्र बतवलें कि बाघ हमला कइला का बाद घन झाड़ियन में लुका गइल बा. बतवलें कि बाघ का हमला से नौमीलाल, रामनरेश, फारेस्टर आज्ञाराम, राजकिशोर आ एगो अउर आदमी के घवाहिल भइला के खबर बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..