गोण्डा में बाघ उपटल, छह जने के नोच डललसि


गोण्डा 19 अप्रैल (वार्ता ). गोण्डा जिला के नवाबगंज इलाका हरिहरपुर चांईपुरवा गांव में जंगल से भटकि के आ गइल एगो बाघ छह जने के नोचि के घवाहिल क दिहले बा. बाघ का हमला से इलाका में दहशत के माहौल बनि गइल बा आ ओकरा के पकड़े ला लखनऊ से स्पेशल टीम बोलावल गइल बा.
वन विभाग के सूत्र बतवलें कि बाघ हमला कइला का बाद घन झाड़ियन में लुका गइल बा. बतवलें कि बाघ का हमला से नौमीलाल, रामनरेश, फारेस्टर आज्ञाराम, राजकिशोर आ एगो अउर आदमी के घवाहिल भइला के खबर बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।