गोण्डा में भाजयुमो कार्यकर्तन पर पुलिस के लाठी

गोण्डा जिला कचहरी परिसर मे मुजफ्फरनगर दंगा खातिर प्रदेश के संसदीय कार्यमंत्री आजम खां के इस्तीफा मांगत भारतीय जनता युवा मोर्चा.के कार्यकर्तन पर पुलिस लाठी भाँज के खदेड़ दिहलसि.

भाजयुमो के अध्यक्ष नीरज मौर्य अपना समर्थकन का साथे जिला प्रशासन को ज्ञापन देबे जात रहलें जब पुलिस कचहरी परिसर मे ओह लोगके लाठी बरसा के रोक दिहलसि. एह लाठी चार्ज में आठ गो कार्यकर्ता घाहिल हो गइलें. दोसरा ओर पुलिस के कहना बा कि जिला मे निषेधाज्ञा लागू बा जवना के केहू के लाँघे ना दिहल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..