– रामरक्षा मिश्र विमल

हमनी के ‘गोधन’ (भैया दूज) मनावे के तरीका अलग होला।

आजु भोरहीं मए बहिनि अपना भाई के भर मन सरापेली सन आ फेरु जीभि में रेंगनी के काँट गड़ाके प्रायश्चित करत आपन बात लौटावेली सन आ शुभकामना प्रकट करेली सन।

ई बहुत जरूरी बा नया पीढ़ी के जानल, खासकर जे बहरवाँसू बा। तबे ई कुल्हि परंपरा बाँचल रहिहें सन।

अपना एह तेवहार से जुड़ल अउर जानकारी जेकरा भीरी होखे, ऊ जरूर प्रस्तुत करो ताकि ज्ञान के प्रचार-प्रसार होखो। गोधन के परिचय आ उनुका कुटाई के कहानी जेकरा मालुम होखे, जतने मालुम होखे, जरूर लिखे।


(फोटो अंतर्जाल से साभार)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।