गोपालगंज के कुचायकोट में एगो व्यापारी के छुरा से गोद गोद के हत्या

img_20161007_152259बिहार के गोपालगंज में कुछ बदमाश कुचायकोट के नयाटोला के रहेवाला वशिस्ठ शर्मा के बेटा अभिमन्यु कुमार शर्मा के छुरा घोंप घोंप के मार दिहलें।
अभिमन्यु मोबाइल के दुकान चलावत रहल। हत्या काहे भइल से पता नइखे चलल। कुछ दिन पहिले दुकान से एगो लैपटॉप केहू चोरा लिहले रहल।
जबले घवाहिल अभिमन्यु के अस्पताल चहुँपावल लोग तबले ओकर मौत हो गइल रहुवे। पीठ पर छूरा के अनगिनत घाव देख के लागल की हत्यारा तबले ओकरा पर वार करत गइले स जबले ऊ गिर ना पड़ल।

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।