गोपालगंज के सांसद समेत तीन गो सांसद आ एगो विधायक जदयू छोड़े का तइयारी में

लोकसभा चुनाव करीब आवत देख पाला बदले के सीजन शुरु हो गइल बा जदयू के खराब हालत देख ओकर सदस्य पाला बदले का तइयारी में बाड़े. एह ला ई लोग पार्टी का खिलाफ बोलल शुरु क दिहले बा.

एह में झंझारपुर से जदयू सांसद मंगनी लाल मंडल त संकेत देत बाड़े कि राजद से टिकट मिले त झंझारपुर से लंड़ीहे.

गोपालगंज से जदयू से निलंबित सांसद पूर्णमासी रामो राजद से नजदीकि बढ़ावे में लागल बाड़े.
अइसही मुजफफरपुर के जदयू से निलंबित सांसद कैप्टन जयनारायण निषाद के बेटा अजय निषाद भाजपा: मे शामिल हो गइल बाड़े आ चुनाव आवत आवत जयनारायण निषादो भाजपा में चल जइहे.

जदयू के मोहनिया .सुरक्षित. से विधायक आ मंत्री रहल छेदी पासवानो पिछला दिने अहमदाबाद मे गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी से भेंट कइले रहले जवना के उनकर पाला बदले के संकेत मानलजात बा,
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।