गोपालगंज पुलिस के जीप चार जने के कचरलस

मंगल का रात पुलिस गश्ती पर निकलल जीप शहर में कई जगहा दुर्घटना करत चार लोग के कचार दिहलसि. घवाहिलन के इलाज खातिर सदर अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ से हालत खराब भइला पर दू जने के गोरखपुर मेडिकल कॉलेज रेफर कर दिहल गइल. लोग कहत बा कि जीप पर सवार पुलिस वाले नशा में धुत रहलें. एह चलते लहरा के चलत जीप सबसे पहिले जंगलिया मोड़ का लगे एगो बुलेट के धक्का मरलसि, ओकरा बाद अम्बेडकर चौक पर लाल कोठी का नियरा एगो पैदल के धक्का मरलसि. फेर तुरकाहां गांव का लगे अपना दुआरी पर सूतल दू गो आदमी के धक्का मारत आगे जा के एगो गड़हा में पलट गइल. एह से कुछ सिपाहियनो के चोट लागल बा.

एह घटना का खिलाफ खिसियाइल लोग तुरकाहा का लगे जम के हंगामा कइले आ हाइवे जाम कर दिहले. घंटा भर बाद पुलिस ओह लोग के केहू तरह समझा बुझा के जाम हटवलसि.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।