गोपालगंज में गंडक बउराइल

नेपाल में तीन दिन से लगातार होखत बरखा का चलते गंडक नदी बउरा गइल बिया. एह चलते मेंहदिया में चलत कटाव रोधी काम बंद कर देबे पड़ल बा काहे कि नदी के धार अतना तेज बा कि ओहमें कुछ कइल संभव नइखे होत. पतहरा बाँध पर नदी के दबाव बहुते बढ़ गइल बा आ सलेमपुर बाँध पर खतरा पैदा हो गइल बा. हालांकि बाढ़ नियंत्रण विभाग के दावा बा कि कतहीं तटबन्ध पर खतरा नइखे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।