गोपालगंज में तीन जने के मौत

गोपालगंज जिला के मीरगंज इलाका में काल्हु अतवार का दिने एगो बारात से लवटत गाड़ी के टक्कर बस से हो गइल. हथुआ थाना क्षेत्र के पेउली गांव से यूपी के देवरिया गइल बारात से लवटत घरी 14 लोग एके बोलेरो में सवार हो के घरे सवटत रहल जब हथुआ-कुसौदी रोड प सेमराव गांव का नियरा सामने से आवत एगो बस टक्कर हो गइल. एह हादसा में दू जने के मौत हो गइल आ एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.

एगो दोसरा हादसा में जादोपुर इलाका में बाढ़ बचाव काम में लोगल एगो मजदूर पतहरा बंधा प बालू भरल बोरी डालत घरी गंडक नदी में गिर गइल आ डूबला से ओकर मौत हो गइल. एह हादसा का बाद ओह काम में लागल ठेकेदार के मुंशी आ बाकी कर्मचारी मौका से फरार हो गइलें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।