गोरखपुर के पिछडा वर्ग कल्याण अधिकारी निलम्बित

उत्तर प्रदेश के पिछडा वर्ग कल्याण आ विकलांग कल्याण मंत्री अम्बिका चौधरी गोरखपुर के पहिले तैनात रहल जिला पिछडा वर्ग कल्याण अधिकारी जगन्नाथ प्रसाद पाण्डेय के निलम्बित कर दिहले बाड़न. उनुका पर आरोप बा कि गोरखपुर मे तैनाती का दौरान ऊ छात्रवृत्ति, शुल्क प्रतिपूर्ति वगैरह योजना के संचालन में गम्हीराह गड़बड़ी आ शासकीय धनराशि के गबन कइले रहलें.

उनका खिलाफ भइल जाँच के रिपोर्ट में उनुका साथे जिला पिछडा वर्ग कल्याण कार्यालय के वरिष्ठ सहायक दिनेश चन्द्र मिश्रा आ कम्प्यूटर आपरेटर विवेक कुमार रावतो के वित्तीय अनियमितता मे लिप्त पावल गइल बा. ओहू लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज करा के कार्रवाई करे के िर्देश दिहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।