गोरखपुर के योगी आदित्योनाथ मोदी का खिलाफ खड़ा भइलन

गोरखपुर से भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री खातिर उम्मीदवार मत बनावे भाजपा आ एह पद ला सबले बढ़िया रहीहें लालकृष्ण आडवाणी.

योगी के कहना बा कि जइसे पहिले आडवाणी अपना लोकप्रियता का बावजूद अटल जी के साथ जोड़ी बनवलन आ राजग के सरकार बन गइल वइसहीं अब मोदी के आडवाणी का साथे जोड़ी बनावे के चाहीं. कहलन कि आडवाणी पहिलहीं से राजग के सर्वमान्य नेता हउवन आ उनुका ला कुछ करे के जरूरत ना होखी.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..