गोरखपुर मण्डल में पूर्वाचल बैंक के हड़ताल से लेन देन पर असर


देवरिया, 27 मार्च (वार्ता). गोरखपुर मण्डल में पूर्वांचल बैंक के हड़ताल का दुसरका दिने एक करोड़ रूपिया से बेसी के लेन देन पर असर पड़ल.
ग्रामीण बैंक आफिसर्स एसोसिएशन के बैनर तर बैंक कर्मी तीन दिन के हड़ताल पर बाड़ें.
एसोसिएशन के महामंत्री सुरेश चंद्र श्रीवास्तव ‘यूनीवार्ता’ के बतवलें कि गोरखपुर मण्डल के देवरिया, गोरखपुर, महराजगंज, अउर कुशीनगर में करीब 200 से अधिका बैंक शाखा में हड़ताल का चलते कामकाज पर असर पड़ल बा आ एह दू दिन में गोरखपुर मण्डल के पूर्वाचल बैंक के शाखन में करीब एक करोड़ रूपिया से बेसी के लेन देन नइखे हो सकल.
ग्रामीण बैंक कर्मियन के मांग बा कि समान पेंशन व्यवस्था लागू होखे, ग्रामीण बैंकन के निजीकरण आ शेयर बेचे के प्रस्ताव वापिस लीहल जाव, अनुकम्पा पर बहाली के सुविधा अगस्त 2014 से लागू कइल जाव, बैकिंग उद्योग का तर्ज पर कम्प्यूटर इंक्रीमेंट के सुविधा दीहल जाव आ प्रायोजक बैंकने जइसन सेवा शर्ते लागू कइल जाव.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।