गोरखपुर में विद्यार्थियन से साढ़े तीन करोड़ ठग लिहलें महाठग

कैरियर एजुकेशन सोसाइटी नाम के संस्था चला के विद्यार्थियन के झाँसा दिहल जात रहुवे कि ओह लोग के दाखिला देश के बढ़िया मेडिकल भा इंजिनियरिंग कॉलेज मे करवा दिहल जाई. बाकिर दाखिला ना मिलल त केस दर्ज हो गइल आ पुलिस संचालक प्रेम प्रकाश सिंह आ ओकर महिला सहयोगी के धर लिहलसि. बिहार के औरंगाबाद जिला के निवासी प्रेम प्रकाश सिंह गोरखपुर में डीआइजी आवास का सोझा आपन कार्यालय खोलले रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।